Posted by rajusingh in
Celebrity
February 17, 2020
आम्रपाली दुबे ...जी हां उनकर फिल्म देखके भोजपुरी दर्शक उछल पड़ेला। उनकी मासूमियत पर दर्शक मर मिटेला। उनकी एक्टिंग के हम सब केहू मुरीद बानी जा...। उनकी डांसिंग के दिवाना सब केहू बाटे। पर्दा पर जब ऊ आवेली तक आवते छा जाली। पर, भोजपुरी के सबसे हिट हिरोइन आम्रपाली के इ सफर एतना आसान ना रहे। बहुत संघर्ष करके आज उ ऐ मुकाम पर पहुंचल बाड़ी
बता दीं कि गोरखपुर के रहे वाली आम्रपाली दुबे के जन्म 11 जनवरी 1987 के भईल। लेकिन ऊ जल्द ही मुंबई शिफ्ट हो गईली अपनी दादाजी के साथ। मुंबई से ही ग्रेजुएशन कईली। डॉक्टर बने के सपना रहे लेकिन पढ़ाई में कुछ ज्यादा बेहतर ना होखे के कारण एक्टिंग की तरफ मुड़ गईली।

पहले टीवी सीरियल से शुरुआत भईल। टीवी सीरियल में आम्रपाली दुबे के सबसे बड़का पहिचान 'रहना है तेरी पलकों के छांव में' से मिलल। एकरी बाद मेरा नाम करेगी रोशन, के साथ साथ कई ठो सीरियल में काम कईली।
पर, आम्रपाली के त पहुंचे के रहे कहीं और ...उनकर किस्तम त बुलंदी तक पहुंचेके रहे। यही वजह रहे कि भोजपुरी सिनेमा की तरफ मुड़ली औऱ मड़तहीं भोजपुरी के सुपरस्टार बन गईली। पहिला फिल्म भोजपुरी सुपरस्टार निरहुआ की साथे निरहुआ हिंदुस्तानी बनल और फिर त इ जोड़ी दर्जनों हिट फिल्म देके हम सबके दिल में बस गईल।
आज आम्रपाली कौनो पहिचान के मोहताज नइखी। उनकर समर्पण बतावता कि अबहिन उनके भोजपुरी में काफी नाम कमाएके बाटे और काफी आगे जाएके बाटे।
खाली भोजपुरी वेबसाइट की तरफ से आम्रपाली के संघर्ष के सलाम। ऊ ऐसे ही आगे बढ़त रहें इ दुआ बाटे।