सुपर स्टार अक्षय कुमार के फिलिम जॉली एलएलबी-2 आ गईल बाटे। फिल्म में केतना दम बाटे एके बतावे खातिर भौकाली बाबा आप लोगन के बीच आ गईल बाने। फिल्म के समीक्षा सीधे भोजपुरिया स्टाइल में होई। त जाहिर बा इ स्टाइल और कहीं ना मिली। इ स्टाइल में फिल्म के समीक्षा खाली और खाली एहीजू मिली।

त चलीं सभे आपके बता दिहल जाव कि आखिर अक्षय कुमार के ये फिल्म में केतना दम बाटे। त भईया बात इ बाटे कि ई फिलिम के दर्शक लोग खूबे पसंद कईले बाटे। पहिला दिन फिल्म देखके बाहर आवे वाला हर दर्शक के ई फिल्म भा गईल बाटे। आ काहें ना भाई..जब फिलिम में ऊ सब बाटे जौना खातिर रऊंवा सब फिलिम देखे जातनी।

बिल्कुल सही पकड़े हैं। फिल्म में खूबे गुदगुदी है त वहीं फिलिम में इमोशनल ड्रामा भी बाटे। फिलिम में अक्षय कुमार एको अलगे अंदाज में दिखतने। अक्षय और हुमा कुरैशी के जोड़ी फिलिम के यूएसपी बाटे। दूनू जानी खूब चंगा लाग ता लोग। फिल्म की स्क्रिप्ट में कुछ कमी बाटे लेकिन अक्षय कुमार अपनी एक्टिंग के दम पर ओके छुपा लेवे में कामयाब हो गईल बाने।

फिलिम के जरिए कई सारा मैसेज भी देवे के प्रयास कईल गईल बाटे। खासकर के ट्रैफिक के लेके नौजवान लोग जेतना लापरवाह बाटे औके सतर्क करतिया इ फिल्म। अइसन में नौजवान लोगन के बहुते पसंद आई फिल्म। फिल्म के गाना पहिलहीं हिट हो गईल बा। अक्षय कुमार के मेहनत रंग लाइल बाटे और ऐमें कौनो दू राय नइखे कि ई फिलिम भी अक्षय कुमार के सुपर हिट होखे जातिया।