भोजपुरी सिनेमा में अगर देखल जाव त सबसे बड़ जोड़ी हिरोइन आम्रपाली दूबे और सुपरस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के बाटे। ई जोड़ी कई बार बॉलीवुड के जोड़ी के भी टक्कर देला। एक्टिंग, मासूमियत से लेके काम के प्रति समर्पण ने ई जोड़ी के ऊ मुकाम देले बाटे जहां तक शायद फिलहाल दूसर कौनो जोड़ी नईखे दिखत।
भोजपुरी सिनेमा में आम्रपाली दुबे और निरहुआ के नाम आवते दर्शकन में एक ठो गजब उत्साह देखे के मिलेला। त आखिर ऐइसन का बा ऐ जोड़ी में ...त चलीं हम बतावतनी की आखिर काहें ई जोड़ी टॉप पर बाटे।
आम्रपाली दुबे पहिले टीवी सीरियल में काम करत रहली। भोजपुरी में उनकर शुरुआत निरहुआ की साथ भइल 2014 में निरहुआ हिंदुस्तानी से। पर्दा पर निरहुआ और आम्रपाली के देखके दर्शक झूम उठने। फिल्म हिट भईल और जोड़ी सुपरहिट। एकरी बाद त निर्माता लोग दुनहू एक्टर के पीछे लाग गइनें। हर केहू निरहुआ और आम्रपाली के साथ लेकर फिल्म बनावे की कोशिश में जुट गइल।

एकरी बाद फिल्म आइल पटना से पाकिस्तान। 2015 में आईल इ फिल्म भी सुपरहिट हो गईल और एकरी बाद त आम्रपाली और निरहुआ एक तरह से ऑन स्क्रीन सुपर डुपरहिट जोड़ी हो गइल। फिर निरहुआ रिक्शावाला 2, जिगरवाला, राजा बाबू, आशिक आवारा और बम बम बोल रहा है काशी में इ जोड़ी खूब कमाल देखवलस। ई जोड़ी के पर्दा पर देखले के बाद अइसन लागेला कि जइसे वास्तव में ई जोड़ी स्क्रीन पर एक-दूसरे की खातिर ही बनल बा।
जेतना बेहतर एक्टिंग, ओ से ज्यादा मासूमियत और काम के प्रति समर्पण...इ जोड़ी एही तरह बनल रहे..इ दुआ बाटे।
खाली भोजपुरी की तरफ से निरहुआ और आम्रपाली की जोड़ी के सलाम।